रात में जागल मत करऽ सूत जाईल करऽ.
अइसहीं मन में आँसू मत रोकल करऽ रो लिहल करऽ.
हमरा ईयाद में त हरमेस रहेलऽ गुमसुम.
कबो कबो अपनो के ईयाद कर लिहल करऽ.
~~~~~===============******===============~~~~~
|
रात में जागल मत करऽ सूत जाईल करऽ.
~~~~~===============******===============~~~~~
हाट बाट के दोस्ती, बदरायन संबंध़
बहत हवा ना दे सकी बारमबार सुगन्ध. दोस्ती अजमावे के बात ना, निभावे के बात हऽ, बुझलऽ ईयार ?
~~~~~===============******===============~~~~~
काश कि रउरा बकरी होखतीं.
हम रउरा के प्यार से घास खियईतीं आ फेर प्यार से सींग पकड़ के हिलइतीं आ पूछतीं चुटपुटिहा के भेजी ? आ रउरा मिमियतीं मैं.. मैं.... मैं....
~~~~~===============******===============~~~~~
उम्मीद नइखे तबहियो जियत जात बानी.
खाली बा बोतल तबहियो पियल जात बानी. हिम्मत देखऽ हमार, रिस्पांस मिलत नइखे तबहियो चुटपुटिहा लिखत जात बानी.
~~~~~===============******===============~~~~~
बहत गंगा में हाथ जरुर धोवे के चाहीं,
बड़ा पुन्न होला!
खइले के ना हऽ, पचवलो के हऽ
काजर कइले के ना हऽ, मटकवलो के हऽ. ~~~~~===============******===============~~~~~
मन मगन रहतावे, सुन्दर लागऽता दुनिया.
जब से खुलल बा वेबसाइट अँजोरिया. भले चाँद सूरज में गरहन लागत रहे, या अल्लाह कयामत ले अँजोरिया सलामत रहे.
~~~~~===============******===============~~~~~
मेहरारू अपना मरद से पुछलसि,
सुहागराति मे जब पहिलका हालि हमरा के देखलऽ त तहरा कईसन लगनी? मरद जवाब दिहलसि, हम त मरिये गईल रहितीं अगर हमरा हनुमान चालीसा ईयाद ना रहल रहित!
~~~~~===============******===============~~~~~
सभ केहू व्यस्त बा
अपना जिनिगी का भँवर में. अइसना में एगो चुटपुटिहा धीरे से कहि जाले कि केहू बा, जे तोहरा के भुलाईल नईखे.
~~~~~===============******===============~~~~~
औरतन के गलती के गिनती नइखे
जबकि मरद दूइये गो गलती करेले... एगो जवन कहेले दोसर जवन करेले.
~~~~~===============******===============~~~~~
एह उम्मीद के टूटे मत दीहऽ
दिल के लगी के कम होखे मत दीहऽ दोस्त मिलिहन बहुते हमरो ले बढ़िया बाकिर केहू के हमार जगहा लेबे मत दीहऽ
~~~~~===============******===============~~~~~ ** |
||||||
|